
गांव -गली कीचड़ से लबालब, थाना व तहसील भइल पानी-पानी आपन।कंपियरगंज।झमाझम बारिश से ताल,पोखरा भर गइल , थाना व तहसील पानी -पानी हो गइल बा,क्षेत्र जवार क गांव-गली कीचड़ से लबालब बा।गांव से नगर भइल चौमुखा क कौनों जोड़ नाई बा,इहां त सड़क में गड्ढ़ा बा कि गड्ढा में सड़क बा,ई त जे गिरत बा उह जानत बा।ऊपर से जहाँ दे ख वहीँ पानी भरल बा।गड्ढा में गिरत देखि के चौमुखा क लइकन के देखि नाई गइल,रातो रात साहबन से बात कइके कुछ उपाय करवलं।वहर धनहिया रोड पर ठेहुनी भर पानी लगल बा,पानी निकरले क कवनो व्यवस्था नाही बा,गांव -गली कीचड़ से लबालब बा।गांव क लोगन ई कहत बांट कि नगर भइले कवन फायदा भइल जब जल जमाव अउर कीचड़ के बीच रहेके पड़त बा,एसे बढ़िया त गउवं रहल।खैर जवन भी हो लोग साहबन से आस लगउले बांट कि जल्दी ही जल जमाव व गड्ढा से छुटकारा मिल जाई।कब छुटकारा मिली एकर कौनों गारंटी नही लगत बा। रिपोर्ट, महेंद्र शर्मा